Home | Back
Tasveer Jindigi Ke
Collection of Gazals written by Manoj Bhawuk
तस्वीर जिन्दगी के
(भोजपुरी गजल संग्रह)
मनोज 'भावुक'
मनोज 'भावुक'
11
हिया के पीर छलकके गजल में आइल बा
तबे सुनत त नयन लोग के लोराइल बा
कबो-कबो ऊ अकेला में बुदबुदाताटे
बुझात बा कि बेचारा बहुत चुसाइल बा
देखाई आजले हमरा ना ऊ पड़ल कबहूँ
हिया में, साँस में, धड़कन में जे समाइल बा
कहा सकल ना कबो हाल दिल के तहरा से
मगर ई साँच बा, तहरे में दिल हेराइल बा
निकल के आईं कबो ख्वाब से हकीकत में
परान रउरे भरोसा प अब टँगाइल बा
शहर कहीं ना बने गाँव अपनो ए 'भावुक'
अँजोर देख के मड़ई बहुत डेराइल बा
===
< < List | <Back | Next>