Home | Back
Tasveer Jindigi Ke
Collection of Gazals written by Manoj Bhawuk
तस्वीर जिन्दगी के
(भोजपुरी गजल संग्रह)
मनोज 'भावुक'
मनोज 'भावुक'
12
जे राग मन में बाटे, सुर पर सधात नइखे
काहें दो बात मन के, साथी, कहात नइखे
कहिये से जे बा बइठल, भीतर समा के हमरा
हहरत हिया के धड़कन ओकरे सुनात नइखे
बदलाव के उठल बा अइसन ना तेज आन्ही
कहवाँ ई गोड़ जाता, कुछुओ बुझात नइखे
दरियाव उम्र के अब 'भावुक' उफान पर बा
हमरा से बान्ह एह पर बन्हले बन्हात नइखे
===
< < List | <Back | Next>