Home | Back
Tasveer Jindigi Ke
Collection of Gazals written by Manoj Bhawuk
तस्वीर जिन्दगी के
(भोजपुरी गजल संग्रह)
मनोज 'भावुक'
मनोज 'भावुक'
13
जिन्दगी सवाल हऽ, जिन्दगी जवाब हऽ
जोड़ आ घटाव हऽ, साँस के हिसाब हऽ
धूप चल गइल त का, रूप ढल गइल त का
बूढ़ भइल आदमी अनुभवी किताब हऽ
रूपगर सभे लगे उम्र के उठान पर
रूपसी का आँख से जे चुए, शराब हऽ
देह बा मकान में, दृष्टि बा बगान में
होश में रहे कहाँ, मन त ई नवाब हऽ
आदमी के स्वप्न के खेल कुछ अजीब बा
जी गइल त जिन्दगी, मर गइल त ख्वाब हऽ
हीन मत बनल करऽ, दीन मत बनल करऽ
आदमी के जन्म तऽ खुद एगो किताब हऽ
दिल में तू धइल करऽ, दिल सदा 'मनोज' के
दूर से बबूर ई, पास से गुलाब हऽ
===
< < List | <Back | Next>