Home | Back
Tasveer Jindigi Ke
Collection of Gazals written by Manoj Bhawuk
तस्वीर जिन्दगी के
(भोजपुरी गजल संग्रह)
मनोज 'भावुक'
मनोज 'भावुक'
16
बात खुल के कहीं, भइल बा का ?
प्यार के रंग चढ़ गइल बा का ?
रंग चेहरा के बा उड़ल काहें ?
चोर मन के धरा गइल बा का ?
हम त हर घात के भुला गइलीं
रउरा मन में अभी मइल बा का ?
आईं अबहूँ रहे के मिल-जुल के
जिन्दगी में अउर धइल बा का ?
===
< < List | <Back | Next>