Home | Back
Tasveer Jindigi Ke
Collection of Gazals written by Manoj Bhawuk
तस्वीर जिन्दगी के
(भोजपुरी गजल संग्रह)
मनोज 'भावुक'
मनोज 'भावुक'
19
होखे अगर जो हिम्मत कुछुओ पहाड़ नइखे
मन में जो ठान लीं तऽ कहँवाँ बहार नइखे
ई ठीक बा कि नइया मँझधार में बा डोलत
बाकिर, कही ई कायर लउकत किनार नइखे
जिनिगी चले ना कबहूँ सहयोग के बिना जब
कइसे कहा ई जाला केहू हमार नइखे
कुछ लोग नीक बाटे तबहीं टिकल बा धरती
कइसे कहीं कि केहू पर एतबार नइखे
कबहूँ त भोर होई, कबहूँ छँटी कुहासा
'भावुक' ई मान लऽ तू आगे अन्हार नइखे
===
< < List | <Back | Next>