Home | Back
Tasveer Jindigi Ke
Collection of Gazals written by Manoj Bhawuk
तस्वीर जिन्दगी के
(भोजपुरी गजल संग्रह)
मनोज 'भावुक'
मनोज 'भावुक'
21
बात पर बात जब मन परल होई
लोर आँखिन से कतना झरल होई
दोष आँखे प काहे मढ़ाइल हऽ
कुछ कसर उम्र के भी रहल होई
लोग लूटे में लागल अनेरे बा
जब ऊ जाई त मुट्ठी खुलल होई
प्रान जाई मगर ना वचन जाई
कवनो जुग के चलन ई रहल होई
रात में के बा सिसकत सुनहटा में
जाल में कवनो मछरी फँसल होई
माथ पर साया बन के जे बदरी बा
घाम में खुद ऊ केतना जरल होई
आज कीचड़ में भलहीं सड़त बाटे
काल्ह उहे नू खिल के कमल होई
जब बसा लेलीं 'भावुक' के हियरा में
साथ उनके जिअल भा मुअल होई
===
< < List | <Back | Next>