Home | Back
Tasveer Jindigi Ke
Collection of Gazals written by Manoj Bhawuk
तस्वीर जिन्दगी के
(भोजपुरी गजल संग्रह)
मनोज 'भावुक'
मनोज 'भावुक'
22
आदमी जे सहज सरल बाटे
खूब हमरा पसन परल बाटे
छोड़ दिहले हँसल ऊ अनका पर
जब से खुद पर नजर पड़ल बाटे
सुख के एहसास नइखे हो पावत
सुख के सामान सब भरल बाटे
दुख के दरियाव से बनल बदरी
आँख का राह से झरल बाटे
भर मुँहे बात जे कइल ना कबो
आज हमरा प ऊ ढरल बाटे
घाम बदनाम बा भले 'भावुक'
पाँव तऽ छाँव मे जरल बाटे
===
< < List | <Back | Next>