Home | Back
Tasveer Jindigi Ke
Collection of Gazals written by Manoj Bhawuk
तस्वीर जिन्दगी के
(भोजपुरी गजल संग्रह)
मनोज 'भावुक'
मनोज 'भावुक'
28
या त परबत बने या त जन्नत बने
जिन्दगी के इहे दूगो सूरत बने
ख्वाब कवनो तराशीं कबो, यार, हम
बात का बा जे तहरे ऊ मूरत बने
दिल के पिंजड़ा मे कैदी बनल ख्वाब के
का पता कब रिहाई के सूरत बने
मन के सब साध पूरा ना होखे कबो
सइ गो सपना में एगो हकीकत बने
सब गिला भूल के हाथ में हाथ लऽ
का पता कब आ केकर जरूरत बने
===
< < List | <Back | Next>