Home | Back
Tasveer Jindigi Ke
Collection of Gazals written by Manoj Bhawuk
तस्वीर जिन्दगी के
(भोजपुरी गजल संग्रह)
मनोज 'भावुक'
मनोज 'भावुक'
30
आँख से कुछ कसर हो गइल
उम्र के कुछ असर हो गइल
बात पर बात खुलिये गइल
आज सभका खबर हो गइल
आँख से जमके बारिश भइल
साफ दिल के डहर हो गइल
लोर पोंछत बा केहू कहाँ
गाँव अपनो शहर हो गइल
अब चलल राह मुश्किल भइल
लोभी सभके नजर हो गइल
तहरा पीछे सुरीला रहे
सामने मौन स्वर हो गइल
अब अकेले कहाँ बानी हम
जब गजल हमसफर हो गइल
===
< < List | <Back | Next>