Home | Back
Tasveer Jindigi Ke
Collection of Gazals written by Manoj Bhawuk
तस्वीर जिन्दगी के
(भोजपुरी गजल संग्रह)
मनोज 'भावुक'
मनोज 'भावुक'
31
काँट ही काँट बा जो डगर में
फूल ही फूल राखीं नजर में
मन बना के ना देखीं उड़े के
जान अपने से आ जाई पर में
कुछ भरोसा त उनको प राखीं
जे बसल बाड़ें सबका जिगर में
देर होई मगर दिन ऊ आई
जब खुशी नाची आँगन में, घर में
हौसला, आस, विश्वास राखीं
होके निर्भय चलीं एह सफर में
===
< < List | <Back | Next>