Home | Back
Tasveer Jindigi Ke
Collection of Gazals written by Manoj Bhawuk
तस्वीर जिन्दगी के
(भोजपुरी गजल संग्रह)
मनोज 'भावुक'
मनोज 'भावुक'
36
वक्त जीवन में अइसन ना आवे कबो
बाप बेटा के अर्थी उठावे कबो
रोशनी आज ले भी ना पहुँचल जहाँ
केहू उहँवों त दियरी जरावे कबो
सब बनलके के किस्मत बनावे इहाँ
केहू बिगड़ल के किस्मत बनावे कबो
जे भी आइल सफर में दुखे दे गइल
केहू आइल ना हमके हँसावे कबो
हमरा हर कोशिका में समाइल बा जे
काश! हमरा के आपन बनावे कबो
सबका गोदी के 'भावुक' खेलवना बने
काश! बचपन के दिन लौट आवे कबो
===
< < List | <Back | Next>