Manoj Bhawuk

Welcome to Manoj Bhawuk's Own Website!

Bhojpuri Poet, Writer, and Film-critic.

ManojBhawuk.com is the authorised website of Manoj Bhawuk developed, designed, and Promoted by Anjoria.com. Here you will find all the articles written by the famous Bhojpuri writer and poet Manoj Bhawuk. He has written several books. His books are taught in posr-graduation courses. "Tasveer Jindigi Ke" has won the coveted Bhartiya Bhasha Puraskar 2006. This was, and still is, the First Bhojpuri book to be so honoured. Manoj Bhawuk has been Now enjoy reading all his articles at a single place.

Home | Back

Tasveer Jindigi Ke

Collection of Gazals written by Manoj Bhawuk

तस्वीर जिन्दगी के

(भोजपुरी गजल संग्रह)

मनोज 'भावुक'

मनोज 'भावुक'


40

हमरा विश्वास बाटे कि हम एक दिन
अपना सपना के साकार करबे करब
लाख घेरो घटा आ कुहासा मगर
बन के सूरज कबो त निकलबे करब

हर डगर बा नया, हर गली बा नया,
लोग अनजान बा, हर शहर बा नया
हौसला बा अउर, पास में बा जिगर
जहवाँ जाये के बाटे, पहुँचबे करब

पेट से सीख के केहू ना आवे कुछ,
एगो अपवाद अभिमन्यु के छोड़ दीं
सीखते-सीखते लोग सीखे इहाँ,
ठान लीं जो सीखे के तऽ सीखबे करब

पहिले मंजिल चुनीं सोच के दूर ले
राह फिर तय करीं योजना के तहत
लेके भगवान के नाम चलते रहीं
सोचते कि हम कर गुजरबे करब

बीच दरियाव में आके लौटे के का,
पीछे मुड़-मुड़ के देखे के, सोचे के का
जे भइल से भइल, जे गइल से गइल
पार उतरे के बा तऽ उतरबे करब

मौत मंदिर में, मस्जिद में, बाजार में,
मौत संसद में, घर में आ बस-कार में
तब भला मौत से डर के काहें रुकीं
मौत आई तऽ कतहूँ त मरबे करब

ई अलग बात बा आज ले सीप में
हमरा हर बेर 'भावुक' हो बालू मिलल
पर इहे सोच के अभियो डूबल हईं
एक दिन हम त मोती निकलबे करब

===

< < List | <Back | Next>