Home | Back
Tasveer Jindigi Ke
Collection of Gazals written by Manoj Bhawuk
तस्वीर जिन्दगी के
(भोजपुरी गजल संग्रह)
मनोज 'भावुक'
मनोज 'भावुक'
41
का बा तहरा-हमरा में
जिनिगी प्रेम-ककहरा में
जीत-हार सब धोखा हऽ
कुछ नइखे एह झगड़ा में
धन-दौलत सब तू ले लऽ
माई हमरा बखरा में
चिन्हीं कइसे केहू के
सौ चेहरा इक चेहरा में
गाय कसाई के घर में
कुतिया ए॰ सी॰ कमरा में
हमरे खातिर पागल तू
अइसन का बा हमरा में
मत मारऽ कंकड़-पत्थर
हमरा मन के पोखरा में
'भावुक' के भी राखऽ तू
कतहूँ अपना हियरा में
===
< < List | <Back | Next>