Home | Back
Tasveer Jindigi Ke
Collection of Gazals written by Manoj Bhawuk
तस्वीर जिन्दगी के
(भोजपुरी गजल संग्रह)
मनोज 'भावुक'
मनोज 'भावुक'
47
हजारो गम में रहेले माई
तबो ना कुछुओ कहेले माई
हमार बबुआ फरे-फुलाये
इहे त मंतर पढेले माई
हमार कपडा, कलम आ कॉपी
सँइत-सँइत के धरेले माई
बनल रहे घर, बँटे ना आँगन
एही से सभकर सहेले माई
रहे सलामत चिराग घर के
इहे दुआ बस करेले माई
बढे उदासी हिया में जब-जब
बहुत-बहुत मन परेले माई
नजर के काँटा कहेलीं रउरा
जिगर के टुकडा कहेले माई
'मनोज' हमरा हिया में हरदम
खुदा के जइसन रहेले माई
===
< < List | <Back | Next>