Home | Back
Tasveer Jindigi Ke
Collection of Gazals written by Manoj Bhawuk
तस्वीर जिन्दगी के
(भोजपुरी गजल संग्रह)
मनोज 'भावुक'
मनोज 'भावुक'
54
अब त हर वक्त संग तहरे बा
दिल के कागज प रंग तहरे बा
जे तरे मन करे उड़ा लऽ तू
डोर तहरे , पतंग तहरे बा
तोहसे अलगा भला दहब कइसे
धार तहरे , तरंग तहरे बा
साँच पूछऽ त हमरा गजलन में
छाव तहरे बा, ढ़ंग तहरे बा
===
< < List | <Back | Next>